छपरा में अनेके सरकारी आवासन पर बिजली विभाग के छापा

सारण जिला के छपरा में काल्हु अतवार का दिने बिजली विभाग अनेके सरकारी क्वार्टरन पर छापा मरलसि आ बिजली चोरावे के अनेके मामिला दर्ज कइल गइल. एह में दू गो डाक्टर आ डेढ़ दर्जन सरकारी कर्मचारी शामिल बाड़ें. केहू के मीटर जरल रहे, त केहू किहाँ ओवरलोड मिलल. कुछ लोग का घरे त मीटरे ना मिलल. अब एह लोगन पर दू हजार से लेके डेढ़ लाख ले जुर्माना लगावल गइल बा.

बिजली विभाग के कहना बा कि एह तरह के छापामारी से विभाग के राजस्व वसूली लगातार बढ़त बा आ छापामारिओ लगातार चलत रही.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।