छपरा में सड़क हादसा में दू जने के मौत

काल्हु शनिचर के दुपहरिया छपरा भगवान बाजार इलाका के गुदरी मेन रोड पर एगो बेकाबू ट्रक एगो मोटरसाइकिल सवार के कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल. मरे वाला आदमी नैनी गांव के रहुवे. हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर गाड़ी ले के भाग निकलल. बाद में खिसियाइल लोग रास्ता से गुजरत दर्जनो ट्रक शीशा फोड़ दिहलें. पुलिस लाश के कब्जा में ले के पोस्टमार्टम ला भेज दिहलसि बाकिर लोग देर रात ले जाम लगवले राखल.
एगो दोसरा हादसा में गड़खा इलाका के आलोनी बाजार का नियरा एगो पिकअप वैन के टक्कर से लहुलहान हो गइल तरैया के एगो नवही के लोग गड़खा पीएचसी चहुँपावल बाकिर ओकर मौत ना रोकल जा सकल. ओकरा लगे मिलल मोबाईल से बात कइला पर ओकरा ससुराल वालन से बात भइल आ ओकर पहचान पता लाग सकल. मरेवाला नौवा गाँव के रहे जे लुधियाना में प्राइवेट नौकरी क के आपन परिवार पोसत रहुवे.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।