छपरा से गायब अधिवक्ता जमशेदपुर में लुकाइल मिलले

छपरा से गायब अधिवक्ता अजय कुमार सिंह के अपहरण ना भइल रहुवे. ऊ अपना लेनदारन से बचे ला खुदही भाग के जमशेदपुर चल गइल रहलें आ एगो होटल में कमरा बुक करा के आराम फरमावत रहलें. अपहरण का अनेसा में पुलिस उनुका मोबाइल के सर्विलांस में लगा लिहले रहुवे जवना से पता लागल कि ऊ जमशेदपुर में बाड़न आ पुलिस ओहिजा से उनका के ले के छपरा आ गइल. होटल के रजिस्टरो जब्त कर के ले आइल बिया पुलिस जवना में अधिवक्ता खुद आपन नाम पता फोन नंबर लिख के दस्तखत कइले बाड़ें.

बतावल जात बा कि जमीन बेचे का नाम पर ऊ कई लोग से लाखो रुपिया ले लिहले बाड़े आ अब ओही से बाँचे खातिर कहानी बनावत रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।