छह साल बाद एक साथे नजर अइहें मनोज तिवारी आ रिंकू घोष

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी आ नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष के जोड़ी छह साल बाद परदा पर नजर आवे वाली बा ‘भईया हमार दयावान’ में. ई फिलिम 23 मार्च के मुंबई में रिलीज होखी. मनोज तिवारी आ रिंकू के जोड़ी सबसे पहिले ‘दरोगा बाबू आई लव यू’ में नजर आइल रहुवे आ फिलिम सुपर डुपर हिट रहुवे. ओकरा बाद फिल्म ‘सौगंध’ में ई जोड़ी मौजूद रहे साल 2006 में आ फिलिम सफल रहुवे. अब छह साल बाद ई जोड़ी देखे के मिले वाला बा ‘भईया हमार दयावान’ में. हालांकि एहमें रिंकू घोष शुभम तिवारी का साथे बाड़ी. आ मनोज तिवारी के नायिका बाड़ी पाखी हेगडे. मनोज तिवारी आ पाखी हेगडे के जोड़ी भोजपुरी सिनेमा में पहिला बेर देखे के मिले वाला बा.

‘भईया हमार दयावान’ के निर्देशक हउवें असलम शेख.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।