छात्र गुटन का आपसी मारपीट आ फायरिंग:से एगो छात्र के मौत

परसो देर रात इलाहाबाद के कर्नलगंज में छात्रन के दू गो गुट का बीच भइल फायरिंग से एगो छात्र के मौत हो गइल.

पुलिस के मुताबिक अच्छे लॉज में सीएमपी डिग्री कालेज के अध्यक्ष पद के प्रत्याशी अतुल के जनमदिन मनावल जात रहे. ओही में कुछ छात्रन का बीच बतकही भइल जवन मारपीट में बदल गइल. एकरा बाद कुछ छात्र पी.यू.सी हास्टल में रहे वाला अपना साथियन के बोला लिहलें. तबले पुलिसो चहुंप गइल रहे बाकिर एह बीच दुनु गुट का बीचे भइल बमबाजी आ गोलीबारी से आलोक कटारे के मौत हो गइल.

दूगो सिपाहियनो के छर्रा लागल बा बाकिर ओह लोग के मामूली इलाज का बाद अस्पताल से छुट्टी मिल गइल.

एह मामिला में पुलिस मौका पर से विजय विद्रोही छात्र नेता के गिरफतार कर लिहलसि. ओकरा लगे से एगो देसी पिस्टल आ कारतूस बरामद भइल.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।