छा गइली स्मृति सिन्हा

सिनेमा भोजपुरी में छाए वाली नयकी अभिनेत्री हई स्मृति सिन्हा. पर साल के सबले बड़का हिट ‘साजन चले ससुराल’ से भोजपुरी परदा छाप लेब वाली स्मृति क नयकी फिल्म ‘देवरा पे मनवा डोले’ एह घरी पूरा बिहार में धमाल मचवले बा. एह में स्मृति एक बेर फेर खेसारीलाल क नायिका बनल बाड़ी. स्मृति के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम होखी निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय क फिल्म ‘सौगंध गंगा मईया के’ जवना में ऊ मनोज पाण्डेय संगे नजर अइहें. स्मृति एकरा अलावे अशोक कुमार दीप के फिल्म में खेसारीलाल संगे आ एक्शन स्टार विराज भट्ट संगे ‘अंतिम तांडव’ में नजर अइहें.

अपना सफलता से खुश स्मृति एकर श्रेय अपना दर्शकन के देत बाड़ी.


(प्रशान्त निशान्त के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।