छा गइले रितेश ठाकुर

भोजपुरी वर्ल्ड में छा गइले निर्माता रितेश कुमार ठाकुर ‘चंदा’ अउर ‘तू ही मोर बालमा’ जइसन सफल फिलिम बना के. अब उनुकर ‘कलुआ भईल सयान’ रिलीज खातिर तइयार बा. जबरदस्त एक्शन से भरल एह फिल्म से चर्चित गायक कलुआ पहिला बेर नायक के रूप में परदा पर पेश होखत बा.

रितेश कुमार ठाकुर के प्रस्तुति एह फिल्म के निर्माण शिव प्रताप सिंह आ रितेश ठाकुर कइले बाड़न आ निर्देशन हवे ओ.पी. कश्यप के. ‘कलुआ भईल सयान’ में कलुआ के वायर स्टंट आ हॉकी स्टीक फाइट देखे के मिली. सह-निर्माता हउवें वीर प्रताप सिंह. गीत आर आर पंकज आ शशि बावला के ह. संगीत राज सेन के. कोरियोग्राफी जे.डी. के, कैमरामैन हउवन प्रिंस. कथा-पटकथा आ संवाद खुद ओ.पी. कश्यप के लिखल ह.

शुभम तिवारी आ कलुआ दू गो नायकन के टीम वाली एह फिल्म से रितेश के बहुते उमेद लागल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..