छा गइले रितेश ठाकुर

भोजपुरी वर्ल्ड में छा गइले निर्माता रितेश कुमार ठाकुर ‘चंदा’ अउर ‘तू ही मोर बालमा’ जइसन सफल फिलिम बना के. अब उनुकर ‘कलुआ भईल सयान’ रिलीज खातिर तइयार बा. जबरदस्त एक्शन से भरल एह फिल्म से चर्चित गायक कलुआ पहिला बेर नायक के रूप में परदा पर पेश होखत बा.

रितेश कुमार ठाकुर के प्रस्तुति एह फिल्म के निर्माण शिव प्रताप सिंह आ रितेश ठाकुर कइले बाड़न आ निर्देशन हवे ओ.पी. कश्यप के. ‘कलुआ भईल सयान’ में कलुआ के वायर स्टंट आ हॉकी स्टीक फाइट देखे के मिली. सह-निर्माता हउवें वीर प्रताप सिंह. गीत आर आर पंकज आ शशि बावला के ह. संगीत राज सेन के. कोरियोग्राफी जे.डी. के, कैमरामैन हउवन प्रिंस. कथा-पटकथा आ संवाद खुद ओ.पी. कश्यप के लिखल ह.

शुभम तिवारी आ कलुआ दू गो नायकन के टीम वाली एह फिल्म से रितेश के बहुते उमेद लागल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।