छिरियाइल राजभर के अमित शाह दिल्ली बोलवलें

लखनऊ 20 मार्च (वार्ता) योगी सरकार से नाराज चलत आ अपना औकात से बेसी भाव खात उत्तर प्रदेश के पिछड़ा कल्याण मंत्री आ सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी के अध्यक्ष ओम प्रकाश राजभर के भाजपा अध्यक्ष अमित शाह आजि दिल्ली बोलवले बाड़ें.
अपने सरकार से नाराज चलत राजभर सरकार के एक बरीस पूरा होखला पर भइल समारोहो में ना गइल रहलें. भाजपा के धिरवले बाड़ें कि जबले अमित शाह से बाति ना कर लीहें तब ले 23 मार्च के होखे वाला राज्यसभा चुनाव में भाजपा के भोट ना दीहें. उनुका लगे चार गो विधायक बाड़ें बाकिल अपना नउवां उमिदवार के जितावेला भाजपा उनुका बानरघुड़की का आगे उनुकर बाति सुने के तइयार बिया.
राजभर के कहना बा कि एह सरकार में गरीबन के कवनो सुनवाई नइखे होत. भ्रष्टाचार रुकत नइखे. उनुका गोल के विधायकन आ कार्यकर्तन के भाव नइखे मिलत.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।