छूरा भोंक एक आदमी के हत्या

जौनपुर जिला के मडियाहूं इलाका के परसथ गांव मे काल्हु शुक का देर रात एक आदमी के छूरा भोंक के हत्या कर दिहल गइल.
पुलिस सूत्र से पता चलल बा कि पचपन साल के रामसागर सरोज काल्हु रात खाना खा के सूते गइल आ जब सबेर में उनकर पत्नी जगावे गइली त देखली कि ऊ खून से लथपथ मरल पडल बा.
पुलिस खोजी कुत्ता लगवलसि त रामसागर के बड़का बेटा रवीन्द्र पर सन्देह भइल आ पुलिस रवीन्द्र के गिरफ्तार कर लिहलसि. बतावल जात बा कि जमीन बँटवारा ले के बेटवे छूरा भोंक के हत्या कर दिहलसि. दोसरका बेटा अनिल का तहरीर पर रवीन्द्र के खिलाफ हत्या के मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।