‘छोरा गंगा किनारे वाला’ इतिहास बनाई, कहलन धीरेन्द्र चौबे

DhirendreChaube
माँ केला देवी फिल्म्स के बैनर मे भोजपुरी फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के निर्माता धीरेन्द्र चौबे के कहना बा कि उनकर ई फिलिम बाकी भोजपुरी फिलिमन से अलगा हट के बा आ ई भोजपुरी सिनेमा में एगो इतिहास बना के राख दी.

हालही में एह फिलिम के शूटिंग मुंबई में पूरा कइल गइल ह. खास बात इहो बा कि एह फिलिम में रवि किशन मेहमान कलाकार बन के आइल बाड़न.

मुख्य भूमिका प्रदीप पाण्डेय चिंटू के बा आ साथे बाड़े संजय पाण्डेय, रवि पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, सोनाली जोशी, के॰के॰.गोस्वामी, सीमा सिंह, प्रिया पाण्डेय, आ मंटू लाल वगैरह. निर्देशन राजकुमार आर.पाण्डेय के बा.

धीरेन्द्र चौबे बतवलन कि एकर अधिका शूटिंग हरिद्वार में भइल बा आ एकरा के दुर्गा पूजा बेरा रिलीज करे के योजना बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।