जंगीपुर आ बिलारी विधानसभा सीट पर उपचुनाव के एलान

उत्तर प्रदेश के दू गो सपा विधायकन के असमय मौत का चलते खाली पड़ल सीटन पर उपचुनाव के अधिसूचना आजु जारी हो गइल आ एकरा साथही गाजीपुर आ मुरादाबाद जिला में अचार संहिता लागू हो गइल बा.

गाजीपुर के जंगीपुर विधानसभा सीट राज्य के पंचायतीराज मंत्री कैलाश यादव के निधन का चलते खाली पड़ल बा जबकि मुरादाबाद के बिलारी सीट से विधायक मो. इरफान के सड़क हादसा में भइल मौत का चलते.

एह दुनू सीट ला 29 अप्रैल ले परचा दाखिल कइल जा सकेला. 30 तारीख के परचन के जाँच होखी आ ओकरा बाद अगर जरुरत पड़ल त 16 मई के वोच करावल जाई. 19 मई के वोट के गिनती होखी आ ओही दिने परिणामो आ जाए के उमेद बा.

बसपा का तरफ से पहिलही एलान हो गइल बा कि साल 2017 में होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले कवनो उपचुनाव बसपा ना लड़ी.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।