‘‘जख्मी औरत‘‘ में रानी चटर्जी, प्रेम नागवंशी आ शुभम तिवारी

आकाशदीप मूवीज अउर प्रभाकर गोपीनाथ खरबे के प्रस्तुति अनुष्का मूवीज के बैनर तले बने वाली भोजपुरी फिल्म ‘‘जख्मी औरत’’ के शानदार मुहूर्त पिछला दिने मुंबई गोरेगाँव के कृष्णा स्टूडियो में करावल गइल. एह मौका पर फिल्म के सगरी कलाकार मौजूद रहले आ गीत रिकार्डिंग करा के मुहुरत् करावल गइल.

निर्माता आजेश मिश्रा आ निर्देशक कौशल किशोर के एह फिल्म के गीत राजेश मिश्रा आ अशोक सिन्हा के लिखल रहे. संगीत दिहले छोटे बाबा आ इंदू सोनाली अउर मोहन राठौड़ आपन आवाज दिहले. नारी प्रधान फिल्म “जख्मी औरत” जुल्म के शिकार भइल एगो औरत के कहानी होखी जवना में नायिका रहीहें भोजपुरी स्टार अदाकारा रानी चटर्जी आ साथ में रहीहे प्रेम नागवंशी, शुभम तिवारी, नेहा मेहता, कुमारा राजेश, राखी अरोड़ा, अशोक त्यागी, सोनू झा, धर्मेन्द्र सिंह अउर दीपक भाटिया. फिल्म में चार गो खलनायकन के जबरदस्त देखे के मिली.

लेखक हउवे मनोज पाण्डेय, छायांकन हवे मनोज सी. कुमार के आ मारधाड़ करवले बाड़े दिलीप यादव. एह फिल्म के शूटिंग वापी आ गुजरात के लोकेशन पर करावल जाई. योजना बा कि मई महीना में एकर धमाकेदार रिलीज करावल जाई.
संजय भूषण पटियाला के रपट

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..