जदयू अपना मुख्य सचेतक के निलंबित कर दिहलसि

जदयू लोकसभा में अपना मुख्य सचेतक मंगनी लाल मण्डल के निलंबित कर दिहलसि. तीन गो अउरी सांसदन के निलंबित कइल गइल बा जवना में उपेन्द्र कुशवाहा, राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह आ सुशील सिंह के नाम बा. एह लोग पर आरोप बा कि ई लोग पिछला विधानसभा चुनाव में पार्टी के उम्मीदवारन का खिलाफ प्रचार कइले रहे. पार्टी के ई फैसला लोकसभा सत्र खतम भइला का बाद सामने आइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..