जदयू के बड़ नेता सच्चिदानंद राय भाजपा मे शामिल

बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू के बड़ नेता सच्चिदानंद राय आजु मंगल का दिने अपना बहुते समर्थकन संगे भाजपा. मे शामिल हो गइले.
भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडेय, राज्य के उप मुख्यमंत्री रहल सुशील कुमार मोदी आ विधानसभा मे प्रतिपक्ष के नेता नंद किशोर यादव के मौजूदगी में पटना में भाजपा के प्रदेश कार्यालय मे आयोजित मिलन समारोह मे सच्चिदानंद राय भाजपा मे शामिल होखे के घोषणा कइलन.
कहलन कि भाजपा के ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार आ गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के आजु पूरा देश तिकवत बा. देश के मोदी जइसने नेता के जरूरत बा आ एही से ऊ भाजपा मे शामिल भइल बाड़े.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।