जदयू नेता चिंतन शिविर में नीतीश के चिंतित कइले

राजगीर.नालंदा. 29 अक्टूबर, बिहार मे सत्तारूढ़ जदयू के चिंतन शिविर मे मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प उनुके पार्टी के एगो नेता जोरदार हमला कइले आ एगो दोसर नेता नरेन्द्र मोदी के जम के तारीफ कइले.

जदयू के दू दिन के चिंतन शिविर में नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी पर जम के हमला बोलले आ मोदी के झूठा, फासीवादी़ आ हिटलर के आपन आदर्श माने वाला बतवले.

एहसे पहिले जदयू के बड़ नेता आ राज्यसभा सांसद शिवानंद तिवारी अपना के नरेन्द्र मोदी के प्रशंसक बतवले. कहले कि जवना तबका से मोदी आइल बाड़े आ जवना मुकाम ले चहुँपल बाड़े तवन साधारण बात नइखे. चाय बेच के, संघर्ष क के एह मुकाम ले चहुँपल बाड़े. कहलन कि नरेन्द्र मोदी के ताकत के कम का ना आँकल जा सके.

राज्य के कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह पार्टी के कार्यशैली पर आपन नाराजगी खुल के जाहिर कइले आ कहले कि पार्टी मे चापलूसन के भाव मिलत बा आ पुरान कार्यकर्ता के भुलावल जात बा. कहलन कि अफसरशाही बहुते बढ़ गइल बा आ कार्यकर्ता के नइखे सुनल जात. ई बात पार्टी ला नुकसानदेह होखी. कहलन कि अगर मुख्यमंत्री उनका साफगोई प नारा होखत बाड़न, उनुका के मंत्रिमंडल से बर्खास्त कर देत बाड़े त ऊ एहु ला तइयार बाड़े.

नरेन्द्र सिंह कहलन कि भाजपा के गांधी मैदान वाली रैली मे खड़ा लोग में अधिकतर लोग उहे रहे जे बिहार से जंगल राज हटावे मे हमनी के साथ दीहल. ई बात भुलाए के ना चाहीं. अगर आजु कवनो बात से हमनी का बीच दूरी बन गइल बा त ओह दूरी के मेटावे के कोशिश होखे के चाहीं

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *