जदयू फेर भाजपा से फरका लउकल शुरू कइलसि

एने कुछ समय से जदयू कांग्रेस से गलबहिया करे का फिराक में अपना पुरान साथी भाजपा से बात बात में फरका चाल चलल शुरू कर दिहले बिया. राष्टंपति चुनाव में कांग्रेसी उम्मीदवार के वोट दिहलसि, त अब फेर कोयला घोटाला में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से इस्तीफा माँगे के भाजपा के जोर पर आपन विरोध दर्ज करवले बिया. जदयू चाहत बिया कि कांग्रेस के पसंदीदा भूमि अधिग्रहण विधेयक आ खाद्य सुरक्षा बिल जल्दी से पास करा लिहल जाव. खाद्य सुरक्षा बिल पास हो गइला से देश के आर्थिक हालत अउरी चरमरा जाई आ एकरा के बचावल मुश्किल हो जाई. बाकिर ओहसे का वोट त मिल जाई. नरेन्द्र मोदी का नाम पर त जदयू वइसहीं भड़कत बिया जइसे साँढ़ लाल कपड़ा देख के भड़केलें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।