जदयू लोकसभा के चुनाव अकेले लड़ी कहलन शरद यादव

सहरसा आ मधेपुरा का दौरा पर आइल जदयू अध्यक्ष शरद यादव सहरसा में कहलन कि जदयू लोकसभा चुनाव अकेले लड़ी आ कवनो दल से गठबन्हन में ना पड़ी. कहलन कि सतरह साल पुरान भाजपा संगे गठबन्हन भाजपा के कुछ नीतियन का चलते तूड़े पड़ल. कांग्रेस नीत यूपीए सरकार के आलोचना करत कहलन कि एकरे चलते देश में महँगाई अपना चरम पर बा.

अब एह बात में राजनीति देखे वाला लोग कह सकेला कि अकेले लड़ के जदयू के हर हाथ में लड्डू रही. जेही सरकार बनावे का हालत में रही ओकरे से बिहार विकास का नाम पर समझौता कर लिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।