जदयू सांसद हरिवंश होखीहें राज्यसभा उपसभापति पद के राजग उम्मीदवार


पटना 06 अगस्त (वार्ता). बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु कहलन कि राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (राजग) का ओर से जनता दल यूनाईटेड (जदयू) के राज्यसभा सांसद हरिवंश नारायण सिंह राज्यसभा के उपसभापति पद के उम्मीदवार बनावल जइहें.

नीतीश कुमार पटना में लोकसंवाद’ कार्यक्रम का बाद पत्रकारन से बातचीत में एह बाति के पुष्टि करत बतवलें कि राजग का ओर से जदयू के राज्यसभा सांसद हरिवंश राज्यसभा उपसभापति पद के उम्मीदवार होखीहें आ एह बारे में उनुकर बातचीत भाजपा से हो चुकल बा.

बनारस हिंदू विश्वविद्यालय से स्नातक के डिग्री लेबे वाला हरिवंश नारायण सिंह आजुकाल्ह जदयू का ओर से राज्यसभा सासंद बाड़न आ राँची में रहेलें. सांसद बने से पहिले ऊ हिन्दी अखबार प्रभात खबर के संपादक रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।