जनमदिन घरे पर मनवले दामोदर राव

DamodarRao-SudeepPandey
संगीतकार दामोदर राव पिछला दिने आपन जनम दिन अपना घरही पर मनवले. एह मौका प उनुका के बधाई देबे आवे वालन में निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय, स्टार सुदीप पाण्डेय, राजनिका गांगुली, अलका झा, अभिनेता सूरज कुमार, सुमित बाबा, संजीत सजनवा, बलदेव शर्मा, संजीव यादव, मनोज सिंह, शैलेश शुक्ला, जीतेन्द्र झा, किशोर महाराज, सुरीला सिंगर नील कमल, अभिषेक श्रीवास्तव, गायक रुपेश मिश्रा, राजवीर, प्रेम यादव, सिद्धार्थ, अभिनेता आ निर्माता आर एस तिवारी, निर्देशक बलजीत सिंह, अभिनेता कल्याण जी जाना, नेहा बंसल, धर्मेन्द्र सिंह, निर्देशक आकाश चौधरी, सिंगर प्रकाश राज, गायक व गीतकार विकास, गीतकार कुकु प्रभास (प्रभात) विकास राज, एक्टर राहुल ठाकुर, सुनील मिश्रा, भोजपुरी हिंदी फिल्म प्रचारक संजय भूषण पटियाला वगैरह अनेके लोग शामिल रहे.

एकरे अलावा बहुते लोग जे खुद ना आ पावल फोन आ मैसेज से दामोदर राव के आपन शुभकामना भेजल.

दामोदर राव सभका ला धन्यवाद जतावत अपना सुदीप भैया आ निर्माता निर्देशक राजकुमार पाण्डेय के हार्दिक अभिनन्दन कइलन.


(संजय भूषण पटियाला)

1 Comment

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।