जनाक्रोश रैली के तइयारी पूरा, लोग के आवल शुरू

पटना 24 अक्टूबर (वार्ता) बिहार भाकपा:के बियफे का दिने पटना में होखे वाली जनाक्रोश रैली..के तइयारी पूरी हो गइल बा आ लोग के आवे के सिलसिला शुरू हो गइल बा. पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान मे होखे वाला एह रैली में पूरा राज्य से लोग आई.

आवे वाला लोग के ठहरावे के इंतजाम गाँधी मैदाने मे कइल गइल बा. एह रैली में नाहियो त एक लाख से अधिका लोग शामिल होखी. मुख्य समारोह स्थल गांधी मैदान मे बनावल मंच पर पार्टी के बड़का नेता लोग के बइठावल जाई.

जनाक्रोस रैली मे पार्टी के महासचिव एस.सुधाकर रेड्डी, राष्ट्रीय महासचिव रहल ए.बी.वर्धन, सांसद गुरूदास दासगुप्ता आ राज्य सचिव राजेन्द्र प्रसाद सिंह समेत अनेके नेता मौजूद रहीहें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।