बिहार के मंत्री आपन आपन संपत्ति के ब्योरा दे दिहले बाड़न जवना के अब सार्वजनिक करे के प्रक्रिया शुरु हो गइल बा. सगरी जानकारी एगो वेबसाइट पर दिहल जा रहल बा जवना के नाम अबही सारंवजनिक नइखे कइल गइल. मुख्य मंत्री नीतीशो कुमार के संपत्ति के ब्योरा आ गइल बा. एह विवरण से जवन जानकारी अबही ले सामने आइल बा ओहसे पता चलत बा कि छपरा जिला से विधायक जनार्दन सिंह सिग्रीवाल सबले गरीब मंत्री हउवें जिनका लगे बस पाँच हजार रुपिया नगदी बा, एगो मार्शल जीप, दस ग्राम सोना, आ छह लाख के एलआईसी पालिसी. बाप दादा के खरीदल जमीनो बा उनका लगे. बाकिर इह बतवले बाड़न कि उनुका पर करजो बा.
मंत्रियन के संपत्ति के जानकारी सार्वजनिक करे वाला बिहार देश में पहिलका राज्य होखी. दोसरा राज्यन के बिहारियन से परेशानी पहिलहीं से होत रहल ह अब अउरी बढ़ि जाई काहे कि देर सबेर उनुको ओही राह पर चलल मजबूरी हो जाई जवना पर बिहार चल रहल बा. अगर मामिला एही तरह चलत रहल त बिहारी होखला पर गर्व होखे लागी बिहारियन के.
0 Comments