जल्दिये रिलीज होखी भोजपुरी फिलिम ‘अनोखा बंधन’

ब्रह्मवादिनी फिल्म्स का बैनर तर बनल भोजपुरी फिलिम ‘अनोखा बन्धन’ जल्दिये रउरा सभे के देखे के मिले वाला बा. एह फिलिम के पोस्द प्रोडक्शन के काम पिछला दिने मुंबई के गुरु कृपा स्टूडियो में पूरा कर लीहल गइल बा आ सेंसर प्रमाण पत्र खातिर जमा कर दीहल गइल बा.

एह फिलिम के निर्माता मदन चौरसिया, निर्देशक अशोक अत्री, पटकथा आ संवाद लेखक ए बी मोहन, कोरियोग्राफर संतोष सर्वदर्शी आ मनोज भास्कर, सिनेमेटोग्राफर अजय रौनियार हउवें. एकर संपादन विनोद चौरसिया कइले बाड़न. कहानी खुद निर्माता मदन चौरसिया के लिखल हवे.

फिलिम के कहानी का बारे में बतियावत मदन चौरसिया बतवलन कि फिलिम के नायक शराब का नशा में धुत होके गाड़ी चलावत में एगो गरीब परिवार के नवही के कचार देत बा. एह हादसा मेंं ओह नवही के मौत हो जात बा आ अदालत से नायक के सजा सुनावल जात बा कि ऊ तीन बरीस ले ओकरा गाँव में रह के मेहनत मजूरी करे आ एकरा से होखे वाला आमदनी से ओह नवही के परिवार के भरण पोषण करे.

नायक एह आदेश के पालन करत बा आ मृतक नवही के परिवार के पालत पोसत बा. एह फिलिम का जरिये संदेश देबे के कोशिश भइल बा कि आदमी के आपन जिम्मेदारी पूरा ईमानदारी के पूरावे के चाहीं.

एह भोजपुरी फिलिम में प्यारेलाल यादव अउर फणीश्वर राव के लिखल छह गो गीत शामिल कइल गइल बा. एह गीतन के संगीत शिशिर पांडेय तइयार कइले बाड़न.

फिलिम के मुख्य कलाकारन मेंं आनंद देव मिश्रा (एमडीएम पावर), तनुश्री, ग्लोरी मोहंतो, सृष्टि भंडारी, आशा चौहान, रमन श्रीवास्तव, संजना, देव सिंह राजपूत, अउर बेबी नैना
चौरिसया के नाम बतावे जोग बा. एह फिलिम के प्रचार-प्रसार के जिम्मेदारी वरिष्ठ प्रचारक समरजीत का जिम्मे लगावल गइल बा. ई रपट उनुकरे भेजल संंदेश से तइयार कइल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।