जब आपन चिन्हाये लागेला

– नूरैन अंसारी

जब आपन-आपन लोगवा चिन्हाये लागेला.
तब स्वर्ग जइसन घरवो बटाये लागेला.
जब अबर हो जाला बिश्वास के बरही,
तब तिसरइत के हेंगा टंगाये लागेला.
लोग भुला जाला जब नेकी के नक्सा,
गुलाबो धतूर जइसन बसाये लागेला.
जब घर में हो जाले ईमानदारी मुसमात,
तब दवो-दारु एहसान में गिनाये लागेला.
“नूरैन” प्यार से सुखल रोटीओ लागेला नीमन,
खोबसन से अमरित के बूँदो उगलाये लागेला.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।