जब डबिंग में रो पड़लन अजय दीक्षित

भोजपुरी सिनेमा के बेटवा बाहुबली माने कि एक्शन स्टार अजय दीक्षित भोजपुरिया परदे पर भलही एक्शन दृश्य में गुंडन पर वार करत खूंखार लउकेलें, लेकिन रियल लाइफ में ऊ बहुते इमोशनल हउवन. एकर ताज़ा उदाहरण हालही में निर्देशक ए.आर.एस.सरकार के फिल्म “बागी” के डबिंग में देखे के मिलल. लीक से हटके मात्र बीस घंटा के अनोखा कहानी वाली एह फिल्म के डबिंग पिछला दिने मुंबई में चलत रहे. एगो सीन में बाप बेटा के बातचीत रहुवे. एगो मजबूर बाप आ ओकरा बागी बेटा के एह संवाद में अजय दीक्षित एतना भावुक हो गइलन कि उनुका आँखि से लोर बहे लागल. अजय दीक्षित के मन:स्थिति समुझत निर्देशक अजय दीक्षित कुछ देर ला डबिंग रोक दिहलन.

अजय दीक्षित बतवले कि एह फिल्म के कई दृश्य अइसन बा जवना के देख दर्शक आपन रोवाई ना रोक पइहें. ईंट भट्टा पर काम करे वाला मजदूरन पर बनल इस फिल्म में अजय दीक्षित का साथे नवोदित अभिनेत्री रानू पाण्डे मुख्य भूमिका में बाड़ी. निर्माता शकील खान – मंसूर आज़मी के एह फिल्म के बाकी कलाकारन में विजय खरे, सीमा सिंह, श्रवण सक्सेना, मनोज दवेदी, रोज़ा, विजय शुक्ला, शंकर सिंह वगैरह के नाम खास बा,

फिलहाल एह फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन काम चालू बा आ जल्दिये फिल्म रिलीज खातिर तइयार हो जाई.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।