जब मनोज तिवारी फफक फफक के रो दिहलें

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी बहुते मृदुल आ भावुक इंसान हउवें. एकर एगो नजारा हाल ही में बालीवुड के मशहूर निर्माता के सी बोकाडिया के भोजपुरी फिल्म अपने बेगाने का डबिंग पर देखे के मिलल जब मनोज तिवारी फफक फफक के रो पड़लें.

भइल कुछ ई कि रियलिटी शो बिग बॉस में जाये से एक रात पहिले मनोज तिवारी मंबई का अंधेरी में “पार्क एवेन्यू स्टूडियो” में फिल्म अपने बेगाने के डबिंग करे चहुँपले. बहुत मजा से डबिंग होत रहुवे जब फिल्म के एगो सीन आइल. ओह सीन में ऊ बहुत दिन बाद अपना घरे लवटत बाड़े. घरे चहुँपला पर देखत बाड़न कि ताला लागल बा. बहुत पूछ ताछ कइला का बाद पता चलल कि उनका बाबूजी के देहान्त हो चुकल बा. एह सीन का डबिंग का दौरान मनोज तिवारी टूट गइलें आ फफक फफक के रो दिहलें.

बाद में जब अपना पर काबू पवलें त बतवलें कि उनकर बाबूजी चाहत रहलें कि ऊ बड़का गायक बनसु. भाग्यचक्र से ऊ गायक बनलें, मशहूरो हो गइलें बाकिर तबले अतना समय गुजर गइल रहे कि बाबूजी दुनिया छोड़ के चल गइलें

रिश्ता के जड़ के बयान करत एह फिल्म अपने बेगाने के निर्माण ललित मोदी कइले बाड़े. मुख्य किरदारन में मनोज तिवारी का साथे मोनालिसा, विक्रांत, अवधेश मिश्रा, कल्पना शाह, रीना रानी, सीमा सिंह, एयाज खान, गोपाल राय, देव मल्होत्रा, आ अली खान बाड़े.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।