जब संजय पांडे नाच के देखवले

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर खलनायक संजय पाण्डे पिछला दिने ऊ कर देखवले जवन आजु ले कवनो खलनायक ना कइले रहल. भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड समारोह में रंग शारदा थियेटर में हजारो लोग का मौजूदगी मे संजय पाण्डे दिलीप कुमार के स्टाइल में मशहूर गाना “नैन लड़ी जइहें त मनवा में कसक होइबे करी” पर जोरदार परफारमेंस देखवले. फिल्म “गंगा जमुना” के एह गीत पर संजय के नृत्य सभे पसन्द कइल आ थियेटर तालियन का गड़गड़ाहट से गूंज उठल. सजय पाण्डेय बतवलन कि एह गाना खातिर ऊ चार दिन लगातार अभ्यास कइले आ तब जा के अतना बढ़िया परफारमेंस दे पवले.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।