जमीन दलाल के खून

गोपालगंज 07 मार्च (वार्ता) गोपालगंज नगर थाना इलाका के एकदरवा गांव का लगे हथियारबन्द अपराधी आपसी रंजिश में एगो जमीन दलाल के खून कर दिहले।

पुलिस सूत्र बतवलें कि जमीन दलाल नसरूद्दीन मिंया मंगल का देर राति एगो शादी समारोह में शामिल होके घरे लवटत रहले जब गांव का नियरे पहिले से घात लगा के बइठल अपराधियन के गिरोह उनुका पर तेज धारदार हथियार से हमला कर दिहले। गंभीर रूप से घायल दलाल के मौत कुछे देर में हो गइल।

केस दर्ज करत पुलिस आनन फानन में तीन जने के हिरासत में ले लिहलसि आ ओहनी से पूछताछ करत बिया।

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।