जम्मू कश्मीर में भाजपा के सगरी मंत्रियन के इस्तीफा


जम्मू 17अप्रैल. जम्मू कश्मीर सरकार में शामिल भारतीय जनता पार्टी के सगरी मंत्री काल्हु आपन इस्तीफा अपना गोल के प्रदेश अध्यक्ष सत शर्मा के सउँप गहले बाड़न.
बाकिर अबहीं ले ई साफ नइखे भइल कि कारण का बा. एहसे पहिले दू गो मंत्रियन के इस्तीफा कठुआ मामिला में सही जाँच के मांग करे का चलते देबे के पड़ल रहे.
मुख्यमंत्री महबूबा नइखी चाहत कि एह मामिला के जाँच सीबीआई करे. जवना पुलिस अधिकारी के एकर जाँच सउँपल गइल बा ऊ खुद हत्या आ हिन्दू लड़िकी से बलात्कार करे के आरोपी रहल बा. स्वाभाविक बा कि ओकरा से सही जाँच के उमीद ना कइल जा सके.
आ मीडिया पर बिना सचाई जनले एक तरफा हवा बनावल जा रहल बा जवना के लिबरल आ बॉलीवुड के हिन्दू विरोधी गिरोह के समर्थन मिल रहल बा. जरुरत बा कि समाज अइसनका लोग के आर्थिक वहिष्कार कइल जाव.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।