जयपुर में लागल भोजपुरी फिलिमन के सीडी के प्रदर्शनी

बिहार में सबले बेसी लोगन के भाषा भोजपुरी के गैर भोजपुरिया इलाका में प्रचारित करे खातिर बिहार सरकार के कला संस्कृति आ युवा विभाग अउर बिहार संगीत नाटक अकादमी बिहार शताब्दी महोत्सव का अवसर पर जयपुर में भोजपुरी फिलिमन के प्रदर्शनी लगावत बिया.
कला संस्कृति व युवा विभाग के मंत्री सुखदा पाण्डेय आ बिहार संगीत नाटक अकादमी के सचिव विभा सिन्हा से जानकारी मिलल बा कि जयपुर के शिल्प ग्राम में पांच अप्रैल से सात अप्रेल तक चले वाली एह प्रदर्शनी में रवि किशन के बिदाई, कन्यादान, कब होई मिलनमा हमार अउर पंडित जी बताई ना बियाह कब होई, मनोज तिवारी के ससुरा बड़ा पइसा वाला, बंधन टूटे ना, कब आइबू अँगनवा हमार आ इंटरनेशनल दरोगा, पवन सिंह के गठबंधन प्यार के, इन्साफ, निरहुआ के रणभूमि समेत अनेके फिलिमन के सीडी प्रदर्शन खातिर राखल जाई.
एकरे अलावे शारदा सिन्हा, पवन सिंह, मनोज तिवारी, विजया भारती आ भारत शर्मा व्यास के गानो ले सीडी ओहिजा मौजूद रही. ई प्रदर्शनी जयपुर में आयोजित बिहार दिवस कार्यक्रम के हिस्सा बावे.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।