जयराम रमेश के बयान के बसपा निन्दा कइलसि

बसपा आजु केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश के ओह बयान के निंदा कइलसि जवना में ऊ कहले रहन कि बसपा के संस्थापक स्व. कांशीराम अयोध्या मे महाशौचालय बनावे के बात कहले रहन.
बसपा प्रवक्ता आजु जारी एगो बयान मे कहलन कि जयराम रमेश के कहना एकदमे गलत, बेबुनियाद, आ निन्दा करे जोग बा जवना के पार्टी निन्दा आ भर्त्सना करत बिया. कहल गइल बा कि बसपा संस्थापक के छवि जान बूझ के खराब क के जनता के गुमराह करे के कोशिश होखत बा. जवन कि बहुते गलत आ खराब बात बा.
बसपा प्रवक्ता के कहना बा कि कांग्रेस के लोग जानबूझके एगो सोचल समुझल साजिश का तहत एह तरह के गलत प्रचार करत बा जवना से कि लोकसभा आ खास क के चार गो हिन्दी भाषी राज्यन में होखे वाला चुनाव में जनता के गुमराह कइल जा सके.
प्रवक्ता कहले बाड़न कि स्व. कांशीराम मजबूती से धर्मनिरपेक्षता मे विश्वास राखत रहले आ सगरी धर्म के आदर करत रहले.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।