जय प्रकाश विश्वविद्यालय के बजट में तीन अरब के घाटा

छपरा स्थित जयप्रकाश विश्वविद्यालय के सिंडिकेट अपना बजट बईठका में साल २०११-१२ के बजट पास कर दिहल गइल जवना में तीन अरब से बेसी के घाटा देखावल गइल बा. घाटा के पूर्ति बिहार सरकार से करावल जाई. विश्वविद्यालय के सालाना खर्चा ३ अरब २५ करोड़ ४४ लाख ४६ हजार ५३३ के अनुमान बा जबकि आंतरिक स्रोत से ८ करोड़ १ लाख ६३ हजार ५६४ मिले वाला बा आ विश्विवद्यालय अनुदान आयोग से ७ करोड़ ४६ लाख मिली. बाकी के घाटा बिहार सरकार के कपारे रही. इहो तय कइल गइल बा कि एह साल से गंगा सिंह कालेज में पीजी आ भोरे के वीपीएस कालेज में बीएससी के पढ़ाई शुरु करावल जाई. गंभीर रुप से बीमार प्रो॰ मोहन चौधरी के एक लाख रुपया बतौर सहायता देबे के फैसलो लिहल गइल. प्रो॰चौधरी दूरस्थ शिक्षा के निदेशक हउवें. शिक्षक लोग के प्रोनन्ति के मामिला सिंडिकेट के अगिला बईठक में देखल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।