जरी दिया तोहरा याद में..

– नूरैन अंसारी

अबकी बार एगो दिया तोहरा याद में जराएब.
कलिख अपना मन के ओकरा रौनक से मिटाएब.
कुछ ना मिलल नफरत कर के, हो गइनी अकेला.
लोर भरल अंखिया से देखनी, हम दुनिया के मेला.
छलकत अंखिया के गगरी के, हँसी से सजाएब.
अबकी बार एगो दिया तोहरा याद में जराएब.
घर भइल मोरा खँड़हर, डहकत हमार अंगना.
ई उहे दर ह जहाँ कबो बाजे तोहार कंगना.
रंग-रोगन कर के, पुरनका रौनक फिर लौटाएब.
अबकी बार एगो दिया तोहरा याद में जराएब.


नीमन लागल त एक बेर टीप दीं. बेकार लागल त दू बेर !

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।