जल्दिए रिलीज होखी 'दामाद चाही फ़ोकट में'

दामाद चाहीं फोकट में के पोस्टर

इन्डस सिने प्रोडक्सन प्रा० लि० का बैनर तले बनल ‘दामाद चाही फ़ोकट में’ के बिहार में जल्दिए रिलीज कइल जाई. एह फिल्म में दहेज जइसन सामाजिक अभिशाप पर चोट कइल गइल बा आ सन्देश दिहल गइल बा कि ‘जिनिगी में रुपिया पइसा के बहुते महत्व होला बाकिर इहे सबकुछ ना होखे आ धन- दौलते जिनिगी ना ह.”

एह फिल्म के निर्माता जय विजय सिंह, अरुणेश अउर अनिल कुमार त्रिवेदी, निर्देशक बालकृष्ण सिंह, संगीतकार के० रत्नेश, गीतकार सतीश तिवारी अउर महेश कुमार झा, नृत्य निर्देशका कानू मुखर्जी, संजय आ मोना, कैमरामैन जगमिन्दर हुंदल, मारधाड़ निर्देशक दिलीप यादव, संपादक राजेश खैची, आ रिकार्डिस्ट राहुल शर्मा हउवें.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में विनय आनंद, राजेश कुमार, पुष्पा वर्मा, नैना ओम, ऋतू शास्त्री, शिव कुमार प्रसाद, विनोद त्रिपाठी, रामजी मिश्रा, पंकज कुमार, उमाकांत, सीमा सिंह, श्वेता मिश्रा, ज्योति जाटव, अभिलाषा, प्रवीणा, किट्टू प्रजापति, रमेश दुबे, रानू पाण्डेय, अश्विनी राठौड़, वाहिद भाई, रमेश पाण्डेय, साहिल, गोपाल, शम्भू प्रसाद, जे०पी० सिंह, राजेश यादव, प्रमोद गोस्वामी, अमित, विनय प्रताप सिंह आ मनोज टाईगर शामिल बाड़ें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।