जहरखुरानी गिरोह के दू गो बदमाश गिरफ्तार, ट्रैक्टर ट्रॉली बरामद

(प्रतीक फोटो)


गोण्डा 14 अप्रैल (वार्ता). गोण्डा जिला के उमरीबेगम गंज इलाका के बरौली टेंपरा सरपत जंगल से नशीला पेय पिया के वाहन लूटे वाला गिरोह के दू गो बदमाशन के आजु लूटल गइल ट्रैक्टर ट्रॉली का साथे गिरफ्तार क लीहल गइल.
पुलिस अधीक्षक लल्लन सिंह पत्रकारन के बतवलन कि पिछला 10 अप्रैल के उपेन्द्र सिंह नामके किसान के कुछ बदमाश कोल्ड ड्रिंक में नशा मिला के पिया दिहलें आ जब ऊ मदहोश हो गइलन त उनुकर ट्रैक्टर ट्रॉली लूटके फरार हो गइले सँ. मामिला के रिपोर्ट दर्ज क के पुलिस टीम ओहनी के जोहल शुरू कइलसि.
सूचना मिलला पर पुलिस टीम बरौली टेंपरा से दू गो बदमाशन के गिरफ्तार क के लूटल गइल ट्रैक्टर ट्रॉली बरामद कर लिहलसि. धराइल बदमाशन के नाम योगेश आ आनंद बतावल जात बा. दुनु बाराबंकी जिला के हउवे सँ. अब एहनी के निशानदेही पर गिरोह के बाकी बदमाशन के धरपकड़ में जुटल बिया पुलिस.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।