जहरखुरान के फेर मे पड़ के मर गइल शेरवा कलां के एगो नवही

दिल्ली से कमा के सद्बावना एक्सप्रेस से बलिया लवटत सुखपुरा थाना के शेरवाकलां के एकइस साल के राधेश्याम प्रजापति के बीचे राह में कुछ जहरखुरान कोल्ड ड्रिंक में जहर मिला के पीया दिहलें जवना से ऊ अर्धबेहोशी का हालत में आ गइल. एह बीच ओकर सगरी सामान, मोबाइल वगैरह ले के उतर गइलें. राधेश्याम ओही हालत में बलिया उतरल आ गाँवे खातिर चल दिहलसि बाकिर गाँव चहुँपत चहुँपत ओकरा पर जहर के असर अतना बढ़ गइल कि ऊ ओहिजे ढिमला गइल. अगल बगल के लोग चिन्ह के ओकरा घरे खबर दिहलें. ऊ लोग ओकरा के बलिया जिला अस्पताल ले के आइल जहाँ इलाज का बावजूद ओकर मौत हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।