जहर खिआ के कनिया के हत्या

गोपालगंज जिला के मांझागढ़ इलाका के भैसही गांव मे एगो कनिया के दहेज खातिर जहर खिआ के मार देबे के बात कहल जात बा.
पुलिस बतावत बिया कि पैठानपट्टी गांव के बीस साल के कविता देवी के बिआह छह महीना पहिले भैसही गांव के बृज यादव संगे भइल रहे. शादी का बादे से ससुराल वाले कनिया के तंग करत रहले आ एही चलते शुक का रात ओकरा के जहर दे दिहले स.
बाद में बेहोशी का हालत में कविता के गोपालगंज सदर अस्पताल मे भरती करावल गइल बाकिर ओकर खराब हालत देख गोरखपुर मेडिकल कालेज रेफर कर दिहल गइल. गोरखपुर ले जाए का राहे में कविता के मौत हो गइल.
थाना मे कविता के पिता धनजी यादव के बयान दर्ज भइला का बाद कविता के पति समेत पांच जने पर मामिला लिखा गइल बा. सगरी आरोपी फरार बाड़े.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।