जहानाबाद चहुँपली सीमा सिंह


नक्सलियन से भलही सब लोग डेरात होखे, सीमा सिंह के कवनो डर नइखे. तबे त ऊ अपना फिल्म “रंगबाज” के प्रोमोट करे जहानाबाद चहुँप गइली आ एह नक्सल बहुल जिला में दर्शकन से रुबरु भइली आ अपना फिल्म के बखान कइली. शिवराम यादव निर्देशित आ कार्पोरेट कंपनी एसीसी डिजिटल प्रा॰लि॰ के बनावल एह फिल्म में नायक बाड़े हैदर काजमी नायिका रानी चटर्जी. सीमा सिंह के एह फिल्म में दू गो आयटम डाँस बा. एहमें से एगो गाना “हमार जवानी माँगे लें” त कमाल कर देखवले बा. मोबाइल पर एघरी ई गाना खूब डाउनलोड हो रहल बा. भोजपुरी सिनेमा के एह फिल्म से हैदर काजमी का रुप में एगो दमदार एक्टर मिले जा रहल बा. शिवराम यादव के निर्देशनो के खूबे बड़ाई हो रहल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।