जाँच खातिर चहुँपल इंजीनियरन के पिटाई

सिवान के बड़हरिया में बालापुर उत्क्रमित मध्य विद्यालय के भवन गिरा के ओहपर नया भवन बनावल जात रहुवे. गाँव के लोग देखल कि पुरनके मकान के ईंटा फेर से इस्तेमाल होखत बा आ सही तरीका से मकान नइखे बनावल जात. ऊ लोग विरोध कइल त निर्माण करावत प्रधानाध्यापिका आग बबूला होखे लगली. खिसियाइल लोग भवन के बनत दीवाल गिरा दिहल. एही मामला का जाँच में अतवार का दिने दू गो इंजीनियर चहूंपले आ गाँवे वालन के मुकदमा में फँसावे के धमकी दिहलन. एह पर लोग ओह इंजीनियरन के पकड़ के बढ़िया से पीट दिहल. बतावल जात बा कि छुट्टी का दिने आइल ई इंजीनियर लोग अपना अधिकारियन से एह घटना के जानकारी नइखे दिहले.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।