जातिवाद, फिरकावाद, भठियरपन आ गंदगी मुक्त भारत बनावे के गोहार लगवलन पीएम


मोतिहारी 10 अप्रैल (वार्ता). एहिजा के गाँधी मैदान में मंगल का दिने पीएम नरेन्द्र मोदी पूरा देश के एगो परिवार बतावत देशवासियन से गोहार लगवलन कि सभे आगा बढ़ि के जातिवाद, फिरकावाद, भठियरपन आ गंदगी मुक्त ‘स्वच्छ भारत’ बनावे का काम में लाग जाव.
चम्पारण सत्याग्रह शताब्दी के समापन समारोह में ‘सत्याग्रह से स्वच्छाग्रह’ अभियान का तहत देशभर से आइल करीब 20 हजार आ देश के बाकी हिस्सन से वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग का जरिए जुड़ल लाखों स्वच्छाग्रहियन के संबोधित करत पीएम कहलन कि ई देश सवा करोड़ लोगन के एगो परिवार ह, जवना में जातिवाद, फिरकावाद, भठियरपन आ गंदगी ला कवनो जगहा ना होखे के चाहीं. समाज में पसरल एह बुराइयन के खतम करिए के हमनी का राष्ट्रपिता महात्मा गांधी कै उनुका 150वीं जयंती पर साल 2019 में सच्चा श्रद्धांजलि दे सकब जा.
प्रधानमंत्री कहलन कि उनुकर सरकार समाज में स्वच्छता ला जागरुकता आ एके परिवार का तरह आपसी प्रेम से रहे के भावना बढ़ावे ला लगातार कोशिश करत बिया. कहलन कि उनुका सरकार के मूल मंत्रे ह कि ‘सभकर साथ सभकर विकास’.
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बड़ाई करत पीएम के कहना रहल कि स्वच्छ भारत अभियान होखे, करिया कमाई भा भठियरपन का खिलाफ लड़ाई होखे भा आम जनता के सुविधा देबे के बाति होखे, केंद्र आ बिहार के नीतीश सरकारन के नीति एके जस बावे. दुनु सरकार मिलजुल के गरीबन ला काम करत बाड़ी सँ.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।