जानवर लदाइल तीन गो ट्रक का साथे तीन आदमी गिरफ्तार

कैमूर जिला के भभुआ इलाका के परसिया गांव का नियरा पुलिस तीन ट्रक मवेशी जब्त कर के तीन जने के गिरफ्तार कर लिहलसि. एह मवेशियन के तस्करी क के बंगाल ले जाइल जात रहुवे.

पुलिस बतवलस कि जानकारी का आधार पर पुलिस एह तीन ट्रकन के रुके के इशारा कइलसि त तीनो अउर तेजी से भागे लगले. पुलिस एह लोग के चहेट के रोक लिहलसि आ एह ट्रकन के तीनो ड्राइवरन के गिरफ्तार कर लिहलसि.

एहनी पर तीस गो मवेशी लदाइल रहे.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *