’जानी दुश्मन’ पवन सिंह के शूटिंग सिलवासा में शुरू भइल

PawanSingh24 फ्रेम एंटरटेंमेंट के बैनर तर बनत भोजपुरी फिलिम ’जानी दुश्मन’ के शूटिंग आजुकाल्ह गुजरात के सिलवासा में कइल जात बा, फिलिम एक्शन आ कॉमेडी के मनोरंजन से भरपूर बा आ एकरा के सी पी आई मूविज़, सुजीत तिवारी परोसत बाड़न.

निर्माता चंद्रा बी वर्मा, लेखक-निर्देशक जगदीश शर्मा, गीत- संगीतकार विनय बिहारी, नृत्यगुरू रिक्की गुप्ता, छायांकन महेन्द्र बोचा के, संकलन नासिर अंसारी के, संवादलेखक के मनोज सिंह, पटकथालेखक नईम एजाज अउर जगदीश शर्मा.

मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, पाखी हेगड़े, सुसील सिंह, अपूर्वा, अवधेश मिश्रा, प्रविण सिसोदिया, संजय वर्मा, गोपाल राय, दिलीप सिन्हा, मनिष चतुर्वेदी, सीमा सिंह आ अनारा गुप्ता के नाम बा.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।