“जानेमन” फिलिम ला एगो रोमांटिक गीत के फिल्मांकन

Jaaneman-team
पिछला दिने भोजपुरी फिलिम “जानेमन” ला एगो रोमांटिक गीत मुम्बई के रमणीक जगहा मड आईलैंड में फिलिमावल गइल. श्रेयस फिल्म्स का बैनर तले एह फिलिम के निर्माता प्रेम राय, सह निर्माता अरुण सिंह, आ निर्देशक अरविन्द चौबे हउवें.

प्यारे लाल यादव कविजी के लिखल एह रोमांटिक गीत के भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादव आ प्रियंका पंडित पर फिलिमावल गइल. नृत्य निर्देशक संजय कुर्वे के नृत्य निर्देशन देखेवालन के बहुते नीक लागे वाला बा. एह फिलिम के अउरी गीटकार न में आजाद सिंह आ मनोज मतलबी बाड़ें. संगीत घुँघुरू के त छायांकन प्रमोद पाण्डेय के बा.

फिलिम के कलाकारन में खेसारी लाल यादव, विराज भट्ट, काजल राघवानी, प्रियंका पंडित, शिखा मिश्रा, अनूप अरोरा, सत्य प्रकाश सिंह, अनूप जलोटा, अरुण सिंह, अभय राय, नवोदित गायक अनिल यादव, जसवन्त जायसवाल अउर संजय पाण्डेय शामिल बाड़ें.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।