‘जानेमन’ में रानी के खास आयटम

RaniChattejee-item
भोजपुरी फिलिमन के हिट अदाकारा रानी चटर्जी श्रेयस फिलिम्स के बैनर तले बनत निर्माता प्रेम राय के फिलिम ‘जानेमन’ का एगो स्पेशल साँग में नजर अइहें. पिछला दिने एह स्पेशल साँग के फिल्मांकन मुंबई के नंदनवन स्टुडियो में भव्य सेट लगाके भइल. एह आयटम के 100 डांसर्स संगे नृत्य निर्देशक रिक्की गुप्ता के निर्देशन में शूट कइल गइल.

एह गाना में रानी चटर्जी बहुते हॉट लगली. बकौल निर्माता प्रेम राय वितरकन आ पब्लिक के डिमांड पर रानी के ई गाना फिलिम में डालल गइल बा. रानी चटर्जी कहतारी कि मस्त गाना बावे आ देखेवालन के बहुते नीक लागी.

‘जानेमन’ के निर्देशक हउवें अरविंद चौबे. संगीत घुंघरू के बा. फिलिम में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव, विराज भट्, काजल रघानी, प्रियंका पंडित, शिखा मिश्रा, अनुप अरोड़ा आ संजय पाण्डेय के खास भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।