’जान तू जहान तू’ के शूटिंग पूरा भइल

JaanTuJahanTuखुशी फिल्म फैक्ट्री के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ’जान तू जहान तू’ के शूटिंग पिछला दिने बिहार का जमुई, मुंगेर में भइल शूटिंग का साथे पूरा हो गइल बा. एह फिलिम से नवोदित अभिनेता यश कुमार के परदा पर उतारल जात बा. एह एक्शन, आ इमोशन से भरपूर पारिवारिक फिलिम में आठ गो गाना बाड़ी सँ.

निर्माता सुरेन्द्र कुमार, निर्देशक कुंदर कुणाल, संगीत आबीद जमाल, छायांकन पुष्पराज गुंजन, नृत्य प्रिंस,फाईट शिवा, ईपी संतोष वर्मा, आ रोहित राज.
मुख्य कलाकारन में यश कुमार, अर्चना सिंह, श्वेता मिश्रा, अक्षय यादव, सुनिल बिहारी, बालगोविंद बंजारा, कविता, सन्नी कुमार, कृष्णा किंचित बाड़ें.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..