जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस के उम्मीदवार बनले

राजद सांसद उमाशंकर सिंह के निधन से खाली भइल महाराजगंज लोकसभा सीट पर होखत उपचुनाव में स्व॰ उमाशंकर सिंह के पुत्र जितेन्द्र स्वामी कांग्रेस का ओर से उम्मीदवार बनावल गइल बाड़न. आजु मंगल का दिने ऊ आपन परचा दाखिल करीहें. आजुए राजद का ओर से प्रभुनाथो सिंह परचा भरीहें. जदयू का ओर से उम्मीदवार पी॰ के॰ शाही काल्हुए आपन परचा दाखिल कइलन. परचा दाखिल करे से पहिले पी के शाही कोनिया माई के मंदिर में दर्शन कइलन आ ओकरा बाद पीर बाबा के मजार पर चादर चढ़वलन.

एह चुनाव चलते सारण जिला परिषद के उपाध्यक्ष के चुनाव टरे के उमेद बा. जिलाधिकारी एह बाबत राज्य निर्वाचन पदाधिकारी से गोहार लगवले बाड़न कि उपाध्यक्ष के चुनाव महाराजगंज चुनाव का बाद करवावल जाव.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..