Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

जिनिगी के दौड़ थथम गइल पद्मश्री मिल्खा सिंह के

(टटका खबर, शनीचर, जेठ अँजोरिया नवमी, 2078 विक्रमी)

आखिरकार काल्हु शुक का दिने कोरोना से लड़ाई हार गइलन चार बेर एशियन गेम्स के स्वर्ण पदक विजेता रहल पद्मश्री मिल्खा सिंह. कुछ दिन पहिलहीं उनुकर पत्नी निर्मल कौर (85) के कोरोने से निधन हो गइल रहुवे आ अब परिवार पर एगो अउर दुख के पहाड़ आ गिरल. 90 बरीस उमिर रहुवे मिल्खा सिंह के. 19 मई का दिने पता चलल रहे कि मिल्खा सिंह के कोरोना के छूत हो गइल बा. तब उऩुका के चंडीगढ़ पीजीआई में भरती करावल गइल रहुवे. पिछला 3 जून के ऊ कोरोना निगेटिव हो गइल रहुवन बाकिर कोरोना का बाद होखे वाला विसंगतियन का चलते आखिर उनुकर दौड़ थथमिए गइल. उनुका निधन पर राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री आपन संवेदना प्रकट कइले बाड़ें.

कोरोना के जाँच, इलाज, आ मरीजन के देखभाल के अगिला कतार में रहे वाला स्वास्थ्य कर्मियन खातीर देश के 26 राज्यन में चले वाला 111 केन्द्रन पर एगो ‘विशेष क्रैश-कोर्स’ वाला प्रशिक्षण कार्यक्रम के काल्हु शुक का दिने उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देश के फेरु सावधान कइलन कि कोरोना बीमारी अबहीं खतम नइखे भइल आ देश के एह चुनौती से निपटे ला तइयारे रहे के होखी.

राजस्थान में कांग्रेस के प्रदेश प्रभारी अजय माकन कहलन कि उपमुख्यमंत्री रहल सचिन पायलट के तवज्जो ना दीहल गलत बाति बा. कहलन कि सचिन पायलट कांग्रेस के बड़हन आ खास नेतन में शामिल बाड़ें आ उनुका के सम्मान देबहीं के होखी. एने कई दिन से दिल्ली में जमल सचिन पायलट के पार्टी नेतृत्व मिले के मौका नइखे देत, एह बाति पर सफाई देत माकन कहलन कि प्रियंका गांधी दस दिन से दिल्ली में हइसे नइखी ते मिलती कइसे.

जम्मू -कश्मीर में काल्हु खीर भवानी मनावल गइल आ उपराज्यपाल मनोज सिन्हा, मुख्यमंत्री रहल उमर अब्दुल्ला अउर महबूबा मुफ्ती का साथही अउरिओ नेता जेठ अठमी के मनाए जाया वाला एह त्यौहार के बधाई दीहलन.

भारत आ न्यूज़ीलैण्ड का बीच होखे वाला आईसीसी विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के फ़ाइनल बरखा का चलते काल्हु शुरु ना हो सकल आ पहिला दिन खाली चल गइल. अब अगिला चार दिन के खेल का समय में आधा आधा घंटा बढ़ावल जाई बशर्ते खेल हो पावे. अगर अउरी बाधा आवत बा त खेल के दिन एगो अउर बढ़ा दीहल जाई.

काल्हु शुक दिने आइल बड़हन गिरावट का बाद बाजार के आखिरी समय में लिवाली के दौर लवटल आ बाजार हरियर हो के बंद भइली सँ. सेंसेक्स 52344 अंक पर आ निफ्टी 15683 अंक पर बंद भइल.

उत्तर प्रदेश कांग्रेस के सचिव रहल सुनील राय के कहना बा कि कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष अजय कुमार लल्लू सवर्ण विरोधी मानसिकता राखेलें आ उनुका पद पर रहते सवर्ण लोग पार्टी ना जुट सके. कांग्रेस के एगो अउर नेता सिराज मेंहदी पिछला दिने अखिलेश यादव से मिलला पर तंज कसत कहले कि अब त कांग्रेस आ प्रियंका गाँधी के जान जाए के चाहीं कि के का ह आ के कांग्रेस के गड़ही में डाले में लागल बा.

गाजीपुर के करीमुद्दीनपुर थानाध्यक्ष समेत तीन गो सिपाहियन के बाहुबली विधायक मुख्तार अंसारी के सहयोग करे का आरोप में निलंबित क दीहल गइल.

वाराणसी के कपसेठी इलाका में मटुका धनगर गाँव का लगे एगो ट्रक से कचराके एगो औरत के मौत हो गइल आ एगो अउर औरत घवाहिल हो गइल.

बलिया के मनियर इलाका में एगो कम उमिर के लइकी से बलात्कार के मामिला पता चलल बा. अपना घर का दुआर पर सूतल एह लइकी से एगो नवही जबरिया दुष्कर्म कइलसि. ओकर चिल्लाहय सुन के ओकक नानी अइली त ऊ नवही भाग गइल.

बलिया रसड़ा कोतवाली इलाका के हिता का पूरा गाँव में रहे वाला एगो आदमी के गिरफ्तार कइल गइल. ओकरा पर आरोप बा कि ऊ फेसबुक पर हिन्दू देवी- देवतन पर अभ्रद टिप्पणी आ गाली लिखले बावे.

छपरा के रौजा मुहल्ला में एगो वेल्डिंग मिस्त्री के मौत बिजली के करंट से हो गइल. ऊ गड़खा थाना के बगही गांव के निवासी रहुवे.

सोनभद्र में नेशनल हाईवे 39 पर लौवा नदी पर बनत पुलिया के अस्थाई रपटा बह गइला का चलते यूपी आ झारखण्ड का बीच आवाजाही बाधित हो गइल बा.

0 Comments