जिला पार्षद की गोली मारकर हत्या

पश्चिम चंपारण जिला के योगापट्टी इलाका के दुबौलिया मोड़ का नियरा कुछ अपराधी योगापट्टी प्रखंड के जिला पार्षद मो॰ गाजी के गोली मार के हत्या कर दिहले.
पुलिस बतावत बिया कि मो॰ गाजी शनिचर का सबेरे करीब नौ बजे योगापट्टी थाना से निकल के अपना सहयोगी साथे मोटरसाईकिल से बेतिया ओर आवत रहले तबहिए दुबौलिया मोड़ का लगे पहिले से घात लगवले अपराधि उनुका के गोली मार दिहले. पार्षद बुरी तरह घवाहिल हो गइले आ जानकारी मिलते पुलिस तुरते उनुका के बेतिया सदर अस्पताल मे भरती करवलसि जहाँ उनकर मौत हो गइल.
मो॰ गाजी के पत्नी योगापट्टी प्रखंड के प्रमुख हई. एह घटना के बाद उनकर समर्थक बेतिया बाजार बंद करा के प्रदर्शन कइले.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।