अबही ले त इहे सुने के मिलत रहुवे कि फेल आशिक अपना माशूकन के फोटो नेट प लगा के बदनाम करत रहले. बाकि अबकी इ काम एगो माशूके क दिहलसि आ अपना प्रेमी के लंगटे फोटो नेट प डाल दिहलसि. जब पता चलल त प्रेमी परेशान, बीबी नाराज. जबकि प्रेमी के शादी माशूका के चचेरी बहिने से भइल रहे आ अब उ ओकर जीजा बन गइल रहुवे. बेचारा प्रेमी अपना पुरान माशूका के ब्लैकमेलिंग का डर से गाहे बगाहे रुपिया पइसा दे देत रहुवे बाकिर डिमाण्ड जब कार के होखे लागल त प्राइवेट कंपनी मे काम करे वाला जीजा के तरहा चटके लागल. ना दिहलसि त माशूका ओकरा लंगटई के पुरान फोटो नेट पर डाल दिहलसि. पता चलला पर बीबी नाराज होके नइहर चल गइली आ प्रेमी बेचारा फाँसी पर लटकि के कोशिश करे लागल. संजोग से लोग बचा लिहल आ अस्पताल मे भरतीकरावल त सगरी मामिला लोग का जानकारी मे आ गइल. मामिला लखनउ के गोमती नगर के ह.
0 Comments