भाजपा अध्यक्ष अमित शाह अपना टीम के एलान कइलन, बरुन गइलन हवा खाए
-

भाजपा के नयका अध्यक्‍ अमित शाह शनिचर का दिने अपना टीम के एलान क दिहले. खास बाति ई कि पिछला बेर महासचिव रहल वरून गाँधी अबकी का टीम में नइखन. मीनाक्षिओ लेखी के नाम नइखे जबकि लोग उमेद करत रहुवे कि मंत्री ना बनली त शायद संगठन मे जगह मिल जाव. एह टीम मे बिहार से चार जने के आ यूपी से एगारह जने के नाम बा. कुछ लोग के विरोध का बावजूद रामलाल संगठन मंत्री बनल रहीहें. वइसहूँ संगठन मंत्री संघ के मर्जी के होला भाजपा के मर्जी के ना. संघ से आइल राम माधव के महासचिव बनावल गइल बा. घोटाला का आरोप का चलते मुख्यमंत्री पद से हटवला का बाद आपन अलग पार्टी बना के कर्नाटक मे भाजपा के ओकर हैसियत देखावे वाला येदियुरप्पा के वापस अइला का बाद उपाध्यक्ष बनावल गइल बा. प्रमोद महाजन के बेटी पुनम महाजनो के टीम मे राखल गइल बा.

टीम मे 11 गो उपाध्यक्ष, आठ गो महासचिव, 14 गो सचिव आ 10 गो बोलतुआ बनावल गील बाड़े. टीम के नाम नीचे दिहल जात बा :

अमित शाह( अध्यक्ष)

उपाध्यक्ष पद पर बंडारू दत्तात्रेय (तेलंगाना), बी एस येद्दयुरप्पा (कर्नाटक), सत्यपाल मलिक (यूपी), मुख्तार अब्बास नकवी (यूपी), पुरुषोत्तम रूपाला (गुजरात), प्रभात झा (मध्य प्रदेश), रघुवर दास (झारखंड), किरन महेश्वरी (राजस्थान), विनय सहस्त्रबुद्धे (महाराष्ट्र), रेणु देवी (बिहार), आ दिनेश शर्मा (यूपी).

महासचिव पद पर जगत प्रकाश नड्डा (हिमाचल), राजीव प्रताप रूडी (बिहार), मुरलीधर राव (तेलंगाना), राम माधव (आंध्र प्रदेश), सरोज पांडे (छत्तीसगढ़), भूपेंद्र यादव (राजस्थान), प्रो. रामशंकर कठेरिया (यूपी), आ संगठन सचिव राम लाल (दिल्ली)

संयुक्त महासचिव वी सतीश (कर्नाटक), सौदान सिंह (छत्तीसगढ़), शिव प्रकाश (उत्तर प्रदेश), आ बीएल संतोष (कर्नाटक).

सचिव पद पर श्याम जाजू (महाराष्ट्र), डॉ. अनिल जैन (दिल्ली ), एच राजा (तमिलनाडु), रोमन ढेका (असम), सुधा यादव (हरियाणा), पूनम महाजन (महाराष्ट्र), राम विचार नेताम (छत्तीसगढ़), अरुण सिंह (यूपी), सिद्धार्थ नाथ सिंह (यूपी), सरदार आरपी सिंह (दिल्ली), श्रीकांत शर्मा (यूपी), ज्योति धुर्वे (मध्य प्रदेश), तरुण चुघ (पंजाब), आ रजनीश कुमार (बिहार).

आधिकारिक बोलतुआ शाहनवाज हुसैन (बिहार), डॉ. सुधांशु त्रिवेदी (यूपी), मीनाक्षी लेखी (दिल्ली), एमजे अकबर (दिल्ली), विजय सोनकर शास्त्री (यूपी), ललित कुमारमंगलम (तमिलनाडु), नलिन कोहली (दिल्ली), डॉ. संबित पात्रा (ओडिशा), अनिल बलूनी (उत्तराखंड), आ जीवीएल नरसिम्हा राव (आंध्र प्रदेश).

पार्टी के मोर्चा अध्यक्षन मे महिला मोर्चा ला विजया रहतर (महाराष्ट्र), युवा मोर्चा ला अनुराग ठाकुर (हिमाचल प्रदेश), अनुसूचित जाति मोर्चा खातिर दुष्यंत कुमार गौतम (दिल्ली), अनुसूचित जनजाति मोर्चा खातिर फग्गन सिंह कुलस्ते (मध्य प्रदेश), अल्पसंख्यक मोर्चा खातिर अब्दुल राशिद अंसारी के नाम दिहल गइल बा.

कार्यालय सचिव इंजीनियर अरुण कुमार जैन (दिल्ली) रहीहें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts