यूपीएससी 2014 मे अंगरेजी कम्प्रीहेन्सन के जवाब नइखे देबे के
-

लोक सेवा आयोग सूचना जारी क दिहले बावे कि अबकी का इ्म्तिहान मे अंगरेजी कम्प्रीहेन्सन वाला सवाल के जवाब देबे मे समय बरबाद कइला के जरूरत नइखे काहे कि ओह जवाबन के एदेखले ना जाई. एहसे उम्मीदवारन के चाही कि समय के सदुपयोग करत बाकी सवालन पर धेयान देसु. परीक्षा के समय मे कवनो कमी नइखे भइल आ पूरा दू घंटा मिली बाकी सवालन के जवाब लिखे ला.

एह बीच आन्दोलकारी छात्रन के कहना बा कि ओह लोग के समस्या के निदान नइखे भइल. अधिका दिक्कत त गणित आ रिजनिंग के सवलन से होला.

एह बीच लोक सेवा आयोग के अध्यक्ष पद पर रजनी राजदान आ गइल बाड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts